Festival (महोत्सव / चाड)

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के पञ्चबर्षीय मेला २०८१ सुरु

Spread the love

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के पञ्चबर्षीय मेला २०८१ सुरु – बारा के महागढीमाई नगरपालिका वडा नम्बर -१ स्थित बरियारपुर गावँ मे रहल विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के पञ्चबर्षीय मेला सुरु भईल बा ।हरेक ५/५ साल मे लागेबाला ई मेला अगहन १ गते से १ महिना के खातिर सुरु हो चुकल बा ।

विश्व मे सब से अधिक बलि चढेवाला ई मन्दिर के स्वरूप सामान्य ढंग के देखाई देवेला । भगवती श्री गढीमाई के कृपा करोडौं भक्तजन के ईच्छा ,आंकक्षा पुरा भईला से मेला के समय भाकल अर्थात बलि देते आईला से पञ्चबर्षीय मेला के रौनकता बढा देवेला ।बारा जिल्ला के सदरमुकाम कलैया से ८ किलोमिटर पुर्व के दिशा मे रहल प्रसिद्ध मन्दिर भगवती श्री गढीमाई मन्दिर के चर्चा सभि अोर होते गईल बा ।

अभि २०८१ अगहन १ गते से विधिवत् १ महिना लागेबाला मेला सुरु भईला से दिनहुँ हजारौं -हजारौं भक्तजन सब मन्दिर मे दर्शन करे अावे से महत्त्व झन् बढत गईल बा ।

मन्दिर प्राङ्गण मे नेपाल सरकार ,मधेस सरकार ,स्थानीय तह के प्रमुख लोग के उपस्थिति से मन्दिर के शोभा बढत गईल बा ।

हरेक केहु अपना दक्षता मुताविका मेला मे सहयोग करे के प्रतिबद्धता करते आईल बानी।

बारा के १६ पालिका के कुल क्षेत्रफल ११९० वर्गकिलोमिटर के हरेक जगह मे गढीमाई मेला प्रचारप्रसार के खातिर हेल्प डेस्क रखल गईल बा।

विश्व प्रसिद्ध मेला श्री गढीमाई के पञ्चबर्षीय मेला के भव्य आउर सभ्य बनावे के खातिर सब पक्ष अभि जोडतोड से लागल बानी ।

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के पञ्चबर्षीय मेला २०८१ सुरु

कहि पर खानेपानी, कहि शौचालय कहि पर रहेके खातिर टेन्ट के व्यवस्थापन से पुरा बरियारपुरबासी व्यस्त रहल बानी ।

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई माई स्थानीय से ८/१० किलोमिटर के चारु दिशा अोरिया भि अभि रौनकता छईले बा । बरियारपुर गावँ के दुल्हिन जईसन सजावल गईल बा । हरेक चौक ,चौराहा पर पोस्टर ,ब्यानर हि देखाई दि ,ऐसे मेला के रौनकता बढावे विशाल मेला भईल संकेत देते आईल बा।

महागढीमाई नगरपालिका के अगलबगल के पालिका सब मे पुर्व मे बारा के उत्कृष्ट पालिका पचरौता नगरपालिका ,पश्चिम कलैया उपमहानगरपालिका ,दक्षिण मे सुवर्ण गाउँपालिका आ उत्तर मे करैयामाई गाउँपालिका रहल बा।

पञ्च बर्षीय गढीमाई मेला के खातिर १६ पालिका के प्रमुख लोग अपना अपना मुताविक पालिका स्तर से काम भि कईला से अाउर रौनकता बढल बा ।

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के मेला

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के मेला अगहन के कृष्ण पक्ष अर्थात अन्हरिया प्रतिपदा अर्थात एकम से सुरु होखे शुक्ल पक्ष अर्थात अजोरिया के पुर्णिामा तक पुरा १ महिना मेला लागते आईल बा।विश्व मे हरेक शक्ति पिठ सब मे मुल पुजारी ब्राह्मण भईल लेकिन विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई मन्दिर मे मुल पुजारी से लेके सभि पुजारी चौधरी पुजारी अाउर महत्त्व बढल बा।

भगवान चौधरी के वंशज लोग हि अभि भि पुजारी रहल बानी। विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के पञ्चबर्षिय मेला के मुख्य मेला २०८१अगहन १७ गते अर्थात डिसेम्बर २ से होखे के भईल बा । अन्हरिया समाप्त होते अजोरिया से मेला के रौनकता बढे के साथे भगवती श्री गढीमाई मन्दिर विराजमान होखे के विश्वास रहल बा ।

अगहन १८ गते ,१९ गते ,२० गते २१ गते विवाह पञ्चमी के भि धुमधाम पुजा होखे मन्दिर के मुल पुजारी मंगल चौधरी बतइनि। २२ गते पुजा करत २३ गते अर्थात डिसेम्बर ८ २०२४ के सप्तमी के दिन विशेष पुजा अर्थात अपने आप दिप प्रज्वलन होखे के साथ ५ बलि देवे के प्रथा से झन् महत्त्व बढल भि दुनियाँ मे नाम भईल मुल पुजारी चौधरी बतईनी ।

ऐने मेला सुरुसे मेला व्यवस्था मे बढोत्तरी भईल बारा के युवा नेता एवम् चर्चित समाजसेवी अशोककुमार यादव बतईनी।

पञ्चबर्षीय मेला- विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के पञ्चबर्षीय मेला २०८१ सुरु

पञ्चबर्षीय मेला मे अभि बहुते खेल तमाशा भि आईला से मेला मे देखे अावे के संख्या बढल युवा नेता यादव बतईनी। विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई के मेला के विश्व सम्पदा सुचि मे बनावे के खातिर जरुरी रहल भि बारा के उत्कृष्ट ,पचरौता नगरपालिका के मेयर एवम् प्रखर वक्ता जलन्धर सिँह बतईनी ।

उत्कृष्ट मेयर सिँह अभि पुरा पचरौता के दुल्हिन जईसन सजा के गढीमाई मेला मे आवे बाला भक्तजन के सेवा सुविधा खातिर भोजन के प्रबन्ध तक कईल उहाँ के बतईनि । बेलदारी से लेके लंगडा चौक तक मेला के सभि व्यवस्था कईल भि उत्कृष्ट मेयर सिँह बतईनी ।

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई मेला मे रहल सभि चुनौती सब के मध्य नजर करत सुरक्षा व्यवस्था कडाई बनावे के खातिर अपने लागल भि बारा जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी बसन्त अधिकारी बतईनी।

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई मेला मे अाईल भक्तजन के सहभागिता देख के विभिन्न नि:शुल्क टेन्ट ,भोजनालय तथा अन्य व्यवस्था भि कईल बारा के गरिब के मसिहा ,चर्चित नेता एवम् प्रतिनिधि सभा सदस्य बारा-२ के प्रत्यासी एवम् संविधानसभा सदस्य शिवचन्द्र प्रसाद कुशवाहा बतईनी ।

मेला भव्य आउर सभ्य बनावे के खातिर

मेला भव्य आउर सभ्य बनावे के खातिर अपने भि लागल उहाँ के बतईनी । ऐने मेला सुरु के दिन अगहन १ गते से पुलिस ,प्रशासन के उपस्थिति मे बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रमुख SP महेन्द्र प्रसाद खडका बतईनी ।

सिसिटिभि कैमरा उच्च निगरानी बढावे के साथे सादा पोशाक के पुलिस से भि मेला मे होखेबाला शंकास्पद घटना नियन्त्रण के खातिर अपने जोड से लागल SP खडका बतईनी ।

मेला मुल समिति भि अभि सभि काम मे जुटल विभिन्न विशिष्ट लोग के अागमन सहित मेला के बारे मे चर्चा होते गईल महागढीमाई नगरपालिका के मेयर एवम् मुल समिति अध्यक्ष उपेन्द्र प्रसाद यादव उर्फ उपन यादव बतईनी ।

मेला मे करोडौं भक्तजन अावे के भईला से सभि के सुरक्षात्मक व्यवस्था मे अपने सब अभि लागल भि मेला मुल समिति अध्यक्ष यादव बतईनी।

चहलपहल बढेके

बारा के हर्दिया ,प्रशुरामपुर मझरिया ,पचरौता के बेनौली ,महागढिमाई मधुरी ,बबुअाईन ,धर्मपुर ,गञ्जभवानीपुर ,कलैया उपमहानगरपालिका के कलैया ,सिस्वा महेशपुर ,करैयामाई गाउँपालिका करैया ,सहजौली ,नरही , बारागढी के खोपवा ,गढहल लगायत के ठावँ मे चहलपहल बढे के साथे भव्य मेला के रौनकता प्रतिक जईसन लागल भि मेला समिति के कार्यालय से जानकारी मिलल बा।

विश्व प्रसिद्ध भगवती श्री गढीमाई मन्दिर मे भेटि अर्थात दान स्वरुप कुवार से कार्तिक तक १८ लाख से अधिक नगद कैयौं थान सोना चाँदी के गहना आईल भि श्री गढीमाई मन्दिर व्यवस्थापन तथा विकास समिति के उपाध्यक्ष एवम् महागढीमाई नगरपालिका वडा नम्बर -२ के वडाध्यक्ष विश्वनाथ प्रसाद कुशवाहा बतईनी।

विश्व के सब से अधिक बलि चढे बाला मन्दिर मे दर्शन के खातिर अमेरिका ,जापान ,चिन ,दक्षिण कोरिया अधिकाँश भारत के भि दर्शनार्थी सब अावे लागल भि जग्गा लगायत सभि के काम पुरा भईल महागढीमाई नगरपालिका वडा नम्बर -१ वडाध्यक्ष एवम् मेला मुल समिति के उपाध्यक्ष मनोज प्रसाद गुप्ता बतईनी ।

उहाँ अपने वडा मे मन्दिर भईला से अपने हरेक घर मे सभि केहु के बाँस ,गाँस ,कपास अर्थात भक्तजन के खातिर सब सेवा सुविधा जनता से देवे अाग्रह कईल भि वडाध्यक्ष गुप्ता बतईनी ।

मेला अगहन १ गते ३० गते रहे के जेमे २३ गते विशेष पुजा २४ अा २५ गते बलिदान के कार्यक्रम सब रहल भि मेला मुल समिति से जानकारी मिलल बा ।

विश्व के सब से शक्तिशाली शक्ति पिठ भगवती श्रीगढीमाई सब के कल्याण करस ईहे कामना सहित पञ्च बर्षीय श्री गढीमाई के मेला सफल होखो ईहे शुभकामना ।

सामूहिक रूपमा कुटपिट गर्दा घाइते भएका राईको मृत्यू

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *